Whatsapp जल्द ही यूपीआई पेमेंट फीचर शुरू करे जा रहल बा. तकनीकी समाचार पोर्टल्स के अनुसार व्हाट्सएप पेमेंट फीचर के अपना नवका बीटा वर्जन के साथे जोड़ चुकल बा.

फेसबुक के स्वामित्व वाली व्हाट्सएप के जरिये एक बैंक से दूसरे बैंक खाता में आसानी से पइसा के ट्रांसफर कइल जा सकेला.

नोटबन्दी के बाद से ही डिजिटल लेनदेन में भारी बढ़ोतरी भइल बावे,भारत में ऑनलाइन पेमेंट्स फर्म पेटीएम आ मोबिक्विक जइसन कंपनियन के काम मे भारी बृद्धि भइल बाटे.

Whatsapp के पेमेंट फीचर यूपीआई आधारित होइ जवन कि आईएमपीएस प्रोटोकॉल पर काम करेला. एकरा जरिये सिर्फ कुछ सेकेंड के अंदर ही एक खाते से दूसरे खाते में पइसा भेजल जा सकेला.