दशहरा पर आ रहल बाड़ें ‘सईयां सुपर स्टार’

श्रेयश फिल्म्स के बैनर तले बन रहल भोजपुरी फिलिम ‘सईयां सुपरस्टार’ आवे वाली एगो एक्शन आ ड्रामा से भरपुर फिलिम ह.

फिलिम में मुख्य कलाकार पवन सिंह के साथे अक्षरा सिंह जबकि अरविन्द अकेला ‘कल्लू जी’ के साथ सिखा चौधरी निभा रहल बाड़ी. सईयां सुपर स्टार एक्शन आ रोमांस से भरपुर आ प्यारे लाल कवि जी, मनोज मतलबी आ मुन्ना दुबे जईसन महारत लोगन के गीत से सजल फिलिम होई.

फिलिम के म्यूजिक अवनिश झां घूंघरू जी के हवे. जबकि फिलिम के डायरेक्टर अजय कुमार जी बाड़ें आ प्रोड्यूसर प्रेम राय बाड़ें.

फिलिम के ट्रेलर रिलिज कर दिहल गईल बा जबकि भोजपुरी खोज के मिलल एक्सक्लूसिव जानकारी के अनुसार फिलिम एह दशहरा पर रिलिज होखे जा रहल बा.