एह होली पर दिनेश लाल यादव के फ़िलिम “सौगंध” रिलीज़ होखे जा रहल बा. पूर्वांचल टॉकीज के बैनर तले बनल फ़िलिम सौगंध एगो रोमांटिक ड्रामा ह.

सौगंध में रोमांस के साथे मारधाड़, ड्रामा,आ निमन गीत संगीत भी सुने के मिली. फ़िलिम के गीत संगीत अशोक कुमार द्वीप द्वारा कइल गइल बा.

विशाल वर्मा के डायरेक्शन में बनल ई फ़िलिम एह होली पर रिलीज़ होखे जा रहल बा.

फ़िलिम के शूटिंग भ एह से सम्बंधित कवनो भी जानकारी समय समय पर भोजपुरी खोज डॉट कॉम पर अपडेट होत रही.