बलमा डेरिंगबाज़ के टीम

एस एस सिने वर्ल्ड के बैनर तले बन रहल भोजपुरी फ़िलिम ‘बलमाडेरिंगबाज़’ के डबिंग पूरा कर लिहल गइल बा. टेक्निकल वर्क के साथ ही पोस्ट प्रोडक्शन के काम भी जोर शोर से मुंबई के फोएनिक्स ब्रोस स्टूडियो में कइल जा रहल बा.

फ़िलिम में मुख्य भूमिका शुभम तिवारी, सोनालिका कुमारी, अयाज़ खान, बालेश्वर सिंह, पंकज चंद्रा, बबलू खान, आरती भार्गवा, नीलम सिंह, परवेज़ हाशमी, स्वीटी सिंह, अमियकर प्रकाश ठाकुर, जावेद हाशमी, मोहम्मद अली, संजय सिंह, पवन कुमार, श्वेता तिवारी, दिव्या शर्मा, बेबी सिंह आदि केे बा जबकि त्रिशा खान द्वारा एगो आइटम सॉन्ग भी कइल गइल बा.

भोजपुरी फ़िलिम जगत में बेहतरीन फ़िलिम निर्माण के नया कांसेप्ट के साथ एगो शानदार भोजपुरी फ़िलिम दर्शकन के देखे के मिली.

बलमा डेरिंगबाज़ फ़िलिम न सिर्फ लोगन के मनोरंजन करी बल्कि लोगन के सोच बदलला के भी काम करी आ बेजोड़ कहानी वाली ई फ़िलिम दर्शकन के खातिर सरप्राईज भी होइ.

एक्शन, इमोशनल, ट्रेजडी, कॉमेडी ड्रामा से भरपूर बलमा डेरिंगबाज़ के शूटिंग उत्तर प्रदेश के जिला आज़मगढ़ के जहाना गंज, शाहपुर, बबुरा, मन्दे, समेदा में भइल बा.

सगरो कलाकारन के मेहनत एह फ़िलिम में अलगे ही नज़र आई अउर साफ सुथरी फ़िलिम देखे वाला सिनेमा प्रेमियन के अनुभव पर खरा उत्तरी.

एह फ़िलिम के निर्मात्री सोनालिका कुमारी आ निर्माता शरद पाटिल हवें. लेखक आ निर्देशक जावेद हाशमी बाड़ें जबकि संगीतकार के. रत्नेश मिश्रा आ गीत आज़ाद सिंह, अमिताभ रंजन, धनंजय भट्ट आ श्याम देहाती के बा. छायांकन साहिल जे. अंसारी के ह.

नृत्य संतोष सर्वदर्शी, मारधाड़ प्रदीप खड़का, संकलन सुमित सिंह के बा जबकि फ़िलिम के प्रचार प्रसार के जिम्मा रामचन्द्र यादव आ सर्वेश कश्यप के बा.