‘मुकद्दर’ लेके आ रहल बाड़ें खेसारी लाल यादव

मुकद्दर फिलिम के पोस्टर

वसीम एस खान के होम प्रोड्क्शन आ एस के फिल्म एंटरटेनमेंट आ शालिमार प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम मुकद्दर एगो ड्रामा आ रोमांस से भरपुर फिलिम बतावल जा रहल बिया.

फिलिम में मुख्य भूमिका खेसारी लाल यादव, काजल राघवानी के बा. फिलिम में एक्शन स्टार शमीम खान भी मुख्य भूमिका में बाड़ें.

मुकद्दर फिलिम एक्शन ,रोमांस आ निमन गीत संगीत से भरल एक जोरदार भोजपुरी फिलिम बनल बिया. फिलिम के गीत मधुकर आनंद बनवले बाड़ें जबकि शेखर शर्मा फिलिम के डायरेक्टर बाड़ें. फिलिम के प्रोड्यूसर वसीम एस खान बाड़ें.