फेमस हो गईल ‘पियाई द न हो तनी कुईयां के पानी’

फिलिम के गाना ‘पियाई द न हो तनी कुईयां के पानी’ अब फेमस हो गईल बा. पवन सिंह आ अंजना सिंह पर फिलिम के गाना फिल्मावल गईल बा.

फिलिम में मुख्य कलाकार पवन सिंह के साथे अक्षरा सिंह जबकि अरविन्द अकेला ‘कल्लू जी’ के साथ सिखा चौधरी निभा रहल बाड़ी. सईयां सुपर स्टार एक्शन आ रोमांस से भरपुर आ प्यारे लाल कवि जी, मनोज मतलबी आ मुन्ना दुबे जईसन महारत लोगन के गीत से सजल फिलिम होई.

फिलिम के म्यूजिक अवनिश झां घूंघरू जी के हवे. जबकि फिलिम के डायरेक्टर अजय कुमार जी बाड़ें आ प्रोड्यूसर प्रेम राय बाड़ें.