भोजपुरी फिल्‍म ‘माई रे माई हमरा ऊहे लइकी चाही’ के फर्स्‍ट लुक पोस्टर दुर्गा अष्‍टमी के शुभ अवसर पर मुंबई में जारी भईल. सुपरस्‍टार प्रदीप पांडेय ‘चिंटू’ बतवलें कि सामाजिक-पारिवारिक एह फिल्‍म में धमाल-मस्‍ती अ एक्‍शन के एगो नया अंदाज दर्शकन के देखे के मिली.

फिल्‍म काफी इंटरटेनिंग बतावल जा रहल बा. सबसे खास बात ई बा कि फिल्म के म्यूजिक बेहतरीन बा. आप लोगन के बता दिहल जाव कि अभी हाल ही में प्रदीप पांडेय ‘चिंटू’ के फिल्‍म ‘ससुराल’ बॉक्‍स ऑफिस पर निमन प्रदर्शन कईले बिया. अब एक बार फिर ‘माई रे माई हमरा ऊहे लइकी चाही’ फिल्‍म लेके आ रहल बाडें.

चिंटू बतवलें कि फिल्‍म में लीड रोल में अभिनेत्री प्रीति ध्‍यानी बाड़ी आ लोगन के दुनहुन लोग के जोड़ी बहुते निमन लागी. अंजलि फिल्म्स क्रिएशन के बैनर तले बन रहल भोजपुरी फिल्म ‘माई रे माई हमरा ऊहे लइकी चाही’ के निर्माता नरेश प्रजापति आ राधे गोविन्द गुप्ता, जबकि निर्देशक अजय कुमार झा बाड़ें. फिल्‍म की शूटिंग गुजरात और मुंबई में भईल बा.