मैं सेहरा बांध के आऊंगा एह दिवाली पर

भोजपुरी फ़िलिम देखे भ फॉलो करें वाला लोग शायद ही रजनीश मिश्रा के नाम से परिचित ना होइ. अगर आप नइखीं जानत त आप लोग के बता दिहल जाव की खेसारी लाल यादव अभिनीत फ़िलिम ‘मेहंदी लगा के रखना’ रजनीश मिश्रा ही बनवले रहले.

साफ सुथरा फ़िलिम बनावे के कोशिश कइलन रजनीश मिश्रा, लोग न सिर्फ मेहंदी लगा के रखना के पसंद कइल बल्कि फ़िलिम के नाइ ऊंचाई तक भी ले गइल.

एक बार फिर रजनीश मिश्रा एगो आउर साफ सुथरा पारिवारिक फ़िलिम ‘ मैं सेहरा बांध के आऊंगा ‘ लेके आ रहल बाड़ें. राउर चहेता अभिनेता ,गायक खेसारी लाल यादव के साथ चुलबुली काजल राघवानी भी नज़र अइहें.

भोजपुरी खोज डॉट कॉम के अनुसार फ़िलिम एह दिवाली पर रिलीज़ होइ. फ़िलिम के कहानी के प्लॉट पारिवारिक आ ग्रामीण राखल गइल बा जेकरा कारण लोग एह फ़िलिम के बहुत पसंद करीहें.

फ़िलिम के नाम भोजपुरी में ना रख के हिंदी में राखल गइल बा, लेकिन हिंदी नाम न रख के भोजपुरी टाइटल भी रखल जा सकत रहे.

रजनीश मिश्रा के एह से पहिले आइल फ़िलिम ‘मेहंदी लगा के रखना’ टाइटल भी हिंदी में रहे. हिंदी टाइटल पर भोजपुरिया कहानी दर्शकन के केतना लोभाई ई त फ़िलिम रिलीज के साथे साफ हो जाई.

संगीतकार से निर्देशक बनल रजनीश मिश्रा के ई दुसर की साफ सुथरी फ़िलिम होइ. आप लोग के बता दिहल जाव की रजनीश मिश्रा दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के निरहुआ हिंदुस्तानी में लोकप्रिय संगीत दे चुकल बाड़ें आ कवनो भी परिचय के मोहताज नइखन.