भोजपुरी फ़िलिम अपना अलग अंदाज आ टाइटल के वजह से जानल जाली स. हर आवे वाली भोजपुरी फ़िलिम के नाम अइसन होला कि लोग ओह फ़िलिम से खुद के जोड़े लागेला.

भोजपुरी के सुपर स्टार गायक आ अभिनेता अरविंद अकेला ‘कल्लू’ के आवे वाली फ़िलिम के नाम ‘सरकाय लो खटिया जाड़ा लगे’ में कल्लू आ शुभम तिवारी लीड रोल में बाड़ें.

फ़िलिम आप भोजपुरिया दर्शक के मनोरंजन करे में एकदम सक्षम होइ. फ़िलिम के निर्देशन पराग पाटिल के बा.

पराग पाटिल मीडिया से बात करत कहलें कि फ़िलिम बन के तइयार हो गइल बा आ जल्द ही रिलीज के डेट भी फाइनल कर दिहल जाइ.

एह रोमांस आ एक्शन से भरपूर कॉमेडी फ़िलिम में ग्लैमर क्वीन ऋतु सिंह भी नज़र अइहें. फ़िलिम में करण सिंह,अवधेश मिश्रा,आयूषी तिवारी आ मनोज टाईगर भी नज़र अइहें.

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि फ़िलिम के टाइटल मशहूर हिंदी फ़िलिम ‘राजा बाबू’ के लोकप्रिय आ सुप्रसिद्ध गाना से लिहल गइल बा.