अब तक आप बॉलीवुड हिंदी फ़िलिम ‘हेरा फेरी’ त देखिए चुकल होइब आ देख के हंसी ना रोक पवलें होइब. अब उहे अंदाज आप लोगन के भोजपुरी में भी देखे के मिली,काहें से कि फहाद फिल्म्स एन्ड एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने वाली भोजपुरी फ़िलिम ‘हेरा फेरी’ के आज भव्य मुहूर्त मुंबई में भइल.

एह दौरान फ़िलिम के सगरो स्टार कास्ट खेसारी लाल यादव, काजल राघवानी, शुभी शर्मा, निर्माता आ निर्देशक नौसाद आलम,राहुल गई समेत फ़िलिम के पूरा टीम मौजूद रहल.

फ़िलिम में संगीत रजनीश मिश्रा जी दिहें जबकि फ़िलिम के लेखक मनोज खुशभा आ जबकि पीआरओ संजय भूषण पटियाला बाड़ें.

एह फ़िलिम में खेसारी लाल यादव साथे काजल राघवानी आ शुभी शर्मा दर्शकन के हंसावत नज़र अइहें.

फ़िलिम के गीत विनय बिहारी,श्याम देहाती,पवन पांडेय,आजाद सिंह आ प्यारे लाल कवि जी के होइ.