भोजपुरी के दूगो दिग्गज कलाकार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ आ रवि किशन के जोड़ी एगो नया भोजपुरी फिलिम ‘काशी अमरनाथ’ लेके आ रहल बाड़ें. फिलिम रोमांटिक ड्रामा से भरपुर होइ.

फिलिम में लोकप्रिय हिरोईन आम्रपाली दूबे भी नज़र अईहें. वईसे भी आजकल दिनेश लाल यादव आ आम्रपाली दूबे के भोजपुरी अवार्ड शो में बेस्ट जोड़ी के अवार्ड मिल चुकल बा.

आप लोगन के खास बात बतावत चलल जाव कि एह फिलिम के निर्माण प्रियंका चोपड़ा के प्रोडक्शन हाऊस Purple Pebble Pictures के जरिये हो रहल बा. एह से पहिले प्रियंका चोपड़ा 2016 में फिलिम बम बम बोल रहा है काशी के निर्माण कर चुकल बाड़ी. एह फिलिम में दिनेश लाल के साथे आम्रपाली दूबे,अन्तरा बनर्जी आ मनोज टाईगर मुख्य भूमिका मे रहलें.

फिलिम के संतोष मिश्रा डायरेक्ट कर रहल बाड़ें. फिलिम में गीत प्यारे लाल यादव, श्याम देहाती आ आजाद सिंह के बा जबकि मधुकर आनंद फिलिम में सुघर संगीत देले बाड़ें.

‘काशी अमरनाथ’ के एक्सक्लूसिव फर्स्ट लूक आप लोगन तक भोजपुरी खोज.काँम लेके आईल बा. फिलिम के ट्रेलर भी जल्द ही आप लोगन के सामने होई.