अफगानिस्तान की राजधानी काबुल के एगो सैनिक अकादमी में सोमार सुबेरे भारी गोलीबारी आ बिस्फोट के आवाज सुनल गइल. बीबीसी के अनुसार , मार्शल फहिम डिफेंस यूनिवर्सिटी पर सोमार सुबेरे हमला भइल.

बतावल जा रहल बा कि बंदूक धारी काबुल सैन्य अकादमी पर हमला कइलें.

गौरतलब बा कि काबुल में सनीचर के भइल एगो घातक हमले में 100 से ज्यादा लोगन के मौत हो गइल. एह से पहिले भी काबुल के एगो होटल पर हमला हो चुकल बा, एह में 22 लोगन के मौत भइल रहे.

इस्लामिक स्टेट आ तालिबान हाल फिलहाल में देश पर कई गो हमला कर चुकल बाड़न स.