2013083640यह समाचार पिछले महिने छापा जा चुका है.

नेपाल मे संविधान सभा खातिर भईल चुनाव के गणना बियफे के समाप्त हो गईल.चुनाव के मिलल परिणाम के अनुसार, नेपाली कांग्रेस देश के सबसे बढ़ पार्टी बन के उभर बिया.

नेपाल के निर्वाचन आयोग के अनुसार, संविधान सभा के 240 गो सीट मे से नेपाली कांग्रेस के 105 गो सीट मिलल बा.

ओहिजा आनुपातिक प्रतिनिधित्व श्रेणी के तहत ३३५ गो सीट खातिर भईल मतगणना मे नेपाली कांग्रेस के २०.४० लाख वोट मिलल बा, जबकि नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी एकीकृत मार्क्‍सवादी-लेनिनवादी (नेकपा-एमाले) २०.२४ लाख वोट के साथ दुसरा स्थान पर रहल.

नेपाल निर्वाचन आयोग के प्रवक्ता वीर बहादुर राय समाचार एजेंसी आईएएनएस के बतवले कि चुनाव आयोग सगरो राजनीतिक दलन के बुला के आनुपातिक प्रतिनिधित्व श्रेणी खातिर तय उम्मीदवारन के नाम मांगी.

बतावल जा रहल बा कि 20,000 से 25,000 वोट के एगो सीट मानल जाई.