map-pakistanपाकिस्तान के शहर करांची मे अतवार के भईल गोलाबारी के अलग अलग घटना मे ७ लोगन के मुवला के ख़बर बा|जबकि कई लोग घायल हो चुकल बाड़ें.

समाचार एजेंसी सिन्हुआ द्वारा जियो टीवी के जरिये जारी ख़बर के अनुसार मुवे वालन मे से दू गो पुलिस वा्ला जबकि दू गो धार्मिक संगठन के कार्यकर्ता बतावल जा रहल बाड़ें.

करांची पुलिस के अनुसार कई गो बंदुकधारी बालडिया शहर मे अचानक फायरिंग शुरू कर दिहलें जेकरा मे मौका पर ही पुलिस वालन मे मौत हो गईल|

ताजा मिलल ख़बरन के अनुसार  राशीदाबाद इलाका मे भईल एगो और घटना मे पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ के एगो कार्यकर्ता के मौत हो गईल. एकरा अलावा  नजीमाबाद व  मावाच गोथ मे भईल अलग गोलाबारी मे भी लोगन के मुवला के ख़बर बा|