download (1)
प्यार न त कवनो जात देखेला आ ना ही कवनो देश देखेला, अईसने कुछ भईल बा पाकिस्तान मे| जी हां! आईं खबर के पुरा विस्तार से पढल जाव|

प्राप्त ख़बर के अनुसार एगो लईकी फर्जी पाकिस्तानी पासपोर्ट के सहारे अपने शोशल वेब प्रेमी से मिले पाकिस्तान पहु्च गईल लेकिन जांच के बाद ओकर पासपोर्ट फर्जी निकलल जेकरा बाद ओकरा के लाहौर अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट से वापस लौटा दिहल गईल|

एयरपोर्ट के इमीग्रेशन अधिकारियन के अनुसार २० बर्ष के लईकी के नाम  नागिता रमेश बा और ई भारत के गुजरात के रहे वाली बा|

रिपोर्ट के अनुसार  इ लईकी दोहा से एगो उड़ान से लाहौर पहुचल लेकिन जांच के दौरान एकर पासपोर्ट फर्जी निकलल|अधिकारियन के अनुसार ई लईकी पाकिस्तान के मुल्तान के अजहर से मिए आईल रहे और उ बतवलस कि दुनो के मुलाकात एगो शोशल नेटर्वकिंग वेबसाईट पर भईल रहे|

लईकी अधिकारियन के बतवलस कि उ अजहर से प्रेम करे ले और उ ओकरा ला इस्लाम के भी अपना लेले बिया.