mehar-tarar-s-v_325_011914035820शशि थरूर से जुड़ल विवाद के केन्द्र मे आईल पाकिस्तानी पत्रकार मेहर तरार के कहना बा कि शशि थरूर आ सुनंदा पुष्कर के जीवन मे उनकई वजह से उथल पुथल नईखे भईल बल्कि उ साजिश के शिकार भईल बाड़ी|

लाहौर मे रहे वाली ४५ साल के मेहर तरार पकिस्तानी न्यूज़ चैनल ‘जियो तेज’ से बातचीत मे कहली कि उ जवना समय शशि से मिलल रहली ओह समय औरियो लोग भी मौजूद रहलें|

गौरतल बा कि पिछला शुक के शशि थरूर के मेहरारू सुनंदा पुष्कर के मौत के बाद मेहर तरार अपना ट्विटर अकाऊंट के प्रोफाईल फोटो बदल दिहली और एगो जरत मोमबत्ती के लौ के फोटो लगवली|

चैनल पर इंटरव्यू मे तरार के अनुसार उ एगो लेख लिखले रहली जेकरा मे शशि के नाम के जिकर रहे लेकिन सुनंदा के निक ना लागल|

मेहर के अनुसार सुनंदा द्वारा उनकरा उपर पहिला जुबानी हम तब भईल रहे जब उ जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के इंटरव्यू लिहले रहली| तब उ (सुनंदा) ट्विट कईली की हमने के देश के मुख्यमंत्री पाकिस्तानी पत्रकार से बात काहें कईलन ह.

पहिले पाकिस्तानी सेना भेजत रहे पाक लेकिन अब उ पत्रकार भेज रहल बिया, ‘जियो तेज’ पर मेहर दावा कईली कि उ निर्दोष बाड़ी आ उ ‘साजिश के शिकार भईल बाड़ी’|