भोजपुरी के सब से बड़हन भोजपुरी वेबसाईट भोजपुरी खोज.काँम आज आपन नया लोगो लाँच कर दिहलसि. भोजपुरी खोज के नया लोगो अब तक बनवाल गईल लोगों मे सबसे सुघर आ निमन बा.

भोजपुरी खोज पिछले सात साल से भोजपुरी के नंबर एक वेबसाईट बनल बा. भोजपुरी खोज के एह से पहिले लाँच कईल गईल लोगो सन 2015 में बनावल गईल रहे.

2010 में भोजपुरी खोज के पहिला लोगो

2012 में भोजपुरी खोज के लोगो में बनावल जा चुकल बा और समय समय पर एह में बदलाव होत रहेला.

हमहन के पहिला लोगो 2012 में वेबसाईट शुरु करत समय भईल रहे. उगत सूरज महाराज के फेविकाँन के साथे निला कलर में लोगो के अनावरण भईल रहे.

2012 में भोजपुरी खोज के लोगो

2012 में भोजपुरी खोज के लोगो में पहिला बदलाव भईल और सूरज के आईकाँन के हटा एगो सर्किल बना दिहल गईल. भोजपुरी खोज के दुसरका लोगो सन 2013 तक तक प्रयोग भईल.

लेकिन जल्द ही एह लोगो में भी बदलाव कर दिहल गईल.

 

2014 में भोजपुरी खोज के लोगो

लेकिन 2014 में भोजपुरी खोज के लोगो पुरी तरह से बदल दिहल गईल. चार रंग में रंगाईल लोगो से साईट प्रीफिक्स के हटा दिहल गईल. एह तरह से सन 2014 में भोजपुरी खोज आपन तीसरका लोगो दुनिया के सामने पेश कईलसि.

 

2015 में भोजपुरी खोज के लोगो

लेकिन 2015 में भोजपुरी खोज टीम अईसन लोगो पर काम करे शुरू कईलसि जवन वेब आ मोबाईल और एप पर एक साथ फिट हो सके. और पहिली बार लोगो के फाँट में बदलाव कईल गईल.

 

2017 में वर्तमान लोगो

अब भोजपुरी खोज आपन नया लोगो आज से शुरू कर रहल बा. भोजपुरी खोज टीम द्वारा तईयार नया लोगो में न सिर्फ फाँट में बदलाव कईल गईल बा बल्कि भोजपुरिया संस्कृति के भी ख्याल रखल गईल बा.

रंगोली के पांच कलर भोजपुरिया संस्कृति के परिचायक बाड़ें. लेकिन फाँट में परिवर्तन अब लोगो के और निमन बना रहल बा. वर्तमान लोगो अब पूर्ण एचडी में उपलब्ध बा और वेब, मोबाईल, एप्स पर पहिले के मुकाबले ज्यादा बेहतर ढंग से दिखाई दे रहल बा.

आज से बदलाव शुरू कर रहल बा भोजपुरी खोज

भोजपुरी खोज आ से आपन वीडियो पोर्ट्ल शुरु कर रहल बा. इहां भोजपुरी के नया गीत, फिल्म्स, वीडियो, संस्कृति, टीवी धारावाहिक भी देखे के मिली. पोर्टल फिलहाल वेब आ मोबाईल पर उपलब्ध बा.

भोजपुरी खोज एप्स के जरिये एप्स पर भी एके प्रयोग कईल जा सकेला.

समीक्षा निरीक्षण
डिजाइन
लोगो
एप्स
वेबसाइट
शेयर करें