आज एक अक्टूबर से चालू वित्त वर्ष के तीसरी तिमाही शुरू हो रहल बा. आज के तारीख से कई नियम में बदलाव हो रहल बा, एह नियम के जानल आप लोगन के भी अति आवश्यक बा.

छह बैंक के चेक बुक काम ना करी

भारतीय स्टेट बैंक (एसबीआई) आ भारतीय महिला बैंक के चेक आ इंडियन फाइनेंशियल सिस्टम कोड(आईएफएससी) आज 1 अक्टूबर से अमान्य हो जाई. ग्राहकन के नया चेक बुक के खातिर इंटरनेट बैंकिंग,एटीएम,या फिर बैंक के शाखा से जाके आवेदन करे के होइ.

स्टेट बैंक में न्यूनतम बैलेंस सीमा

एसबीआई द्वारा बचत खाता में न्यूनतम बैलेंस सीमा कम कर दिहल गइल बा. अब मेट्रो शहर में तीन हजार रुपया बैलेंस राखल अनिवार्य होइ जबकि पहिले सीमा पांच हजार रुपिया रहल.

ग्रामीण क्षेत्र में एक हजार रुपिया जबकि शहरी,अर्द्ध शहरी क्षेत्र में तीन हजार,दो हजार के न्यूनतम सीमा में कवनो बदलाव नइखे भइल.

बैंक द्वारा पेंशन पावे वाला आ नाबालिग के न्यूनतम बैलेंस रखला पर छूट भी दिहल गइल बा.

खाता बंद कराई शुल्क समाप्त

एसबीआई द्वारा खाता बंद करवला के शुल्क में भी बदलाव कइल गइल बा. अगर ग्राहक खाता खुलला के 14 दिन के भीतर आ एक साल बाद खाता बंद कराई त कवनो शुल्क ना देबे के होइ. एह समय के बाद खाता बैंड कइला पर 500 रुपिया शुल्क प्लस जीएसटी चार्ज होइ.

आज से सस्ता होइ कॉल दर

ट्राई द्वारा आज टर्मिनेशन शुल्क 14 पैसा से घटा के मात्र 6 पैसा कर दिहल गइल बा. नया दर 1 अक्टूबर से लागू हो गइल बा.