इलाहाबाद विवि छात्र संघ के चुनाव में समाजवादी पार्टी के छात्र इकाई समाजवादी छात्रसभा 5 में से चार पद पर जीत दर्ज कइलसि. जहां समाजवादी छात्रसभा के अवनीश कुमार यादव अध्यक्ष पद पर जीत हांसिल कइलें ओहिजा उपाध्यक्ष आ संयुक्त सचिव पद पर भी समाजवादी क्षात्र सभा के दबदबा रहल.

ओहिजा एबीवीपी के महज 1 सीट महामंत्री पद पर ही जीत मिलल. एबीवीपी यानी अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के निर्भय कुमार द्विवेदी महमत्री पद पर जीत दर्ज कइलें.

उपाध्यक्ष पद पर चंद्रशेखर चौधरी,संयुक्त सचिव पद पर भरत सिंह, संस्कृतिक सचिव पद पर अवधेश कुमार पटेल जीत दर्ज कइलें. अध्यक्ष पद पर अवनीश यादव मृत्युंजय परमार के हरवलें आ बतावल जा रहल बा कि मृत्युंजय कवनो राजनीतिक पार्टी से नइखन जुडल. एबीवीपी के प्रियंका तीसरा स्थान पर रहली.

वहीं महमत्री निर्वाचित भइल द्विवेदी निकटतम प्रत्याशी एनएसयूआई के अर्पित सिंह के हरवले.

इलाहाबाद विवि छात्रसंघ से संबद्ध चार महाविद्यालय चौधरी महादेव प्रसाद,इलाहाबाद डिग्री कॉलेज,ईश्वर सरण डिग्री कॉलेज आ यूइंग क्रिश्चियन कॉलेज में शनिचर के ही छत्रसंघ चुनाव के खातिर मतदान भइल.

समजवादी छात्रसभा के तरफ से अध्यक्ष पद पर अवनीश कुमार यादव,उपाध्यक्ष पद पर चंद्रशेखर चौधरी, संयुक्त सचिव भरत सिंह जबकि सांकृतिक सचिव पद पर अवधेश कुमार पटेल जीत दर्ज कइलें. वहीं एबीवीपी की तरफ से महामंत्री पद पर निर्भय कुमार द्विवेदी जीत हांसिल कइलें.

कुल 45.5 फीसदी मतदान भइल रहल.