जियोफोन

रिलायंस जियो के बहुचर्चित फीचर फोन जियोफोन के बुकिंग के दूसरे चरण दिवाली बाद एक बार फिर से शुरू होखे जा रहल बा. मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार पहिला चरण में जियो मिलल 60 लाख आर्डर के फिलहाल आपूर्ति कर रहल बा.

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार जियोफोन के बुकिंग अक्टूबर के लास्ट या फिर नवंबर के शुरू में हो सकेला.

आपके बता दिहल जाव कि जियोफोन के पहिला चरण के बुकिंग 24 अगस्त के शुरू भइल रहे. आ पहिले तीन दिन में 60 लाख फोन के बुकिंग हो गइल रहे.

फोन के कीमत 0 रुपिया राखल गइल बा. फोन के खातिर 1500 रुपिया के सिक्योरिटी फीस राखल गइल बा. जवन बाद में कस्टमर के वापस मिल जाई.