फाइल फोटो

केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली शनिचर के दिन कहलें कि दुनिया के सगरो देश ढांचागत सुधार नोटबंदी आ जीएसटी पैट भारत के बड़ाई कर रहल बाड़ें. आप लोगन के भक्त दिहल जकब कि वित्त मंत्री फिलहाल अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष आ वर्ल्ड बैंक के वार्षिक मीटिंग में हिस्सा लेबे अमेरिका गइल बाड़ें.

सरकार के चहुंतरफा घेरे के कोशिश में लागल विपक्ष पर अरुण जेटली कहलें कि गुजरात विधानसभा के रिजल्ट आवे दिहल जाव फिर खुद पता चल जाई की लोग केकरा साथे खड़ा बाड़ें.

अरुण जेटली यूपी विधानसभा चुनाव के हवाला देत कहलें कि सब केहू यूपी चुनाव के देख चुकल बा कि जनता केकरा साथ बिया.

वित्तमंत्री अरुण जेटली कहलें कि नोटबंदी के बाद जइसे यूपी में भाजपा के जीत मिलल वइसे ही जीएसटी के बाद गुजरात मे विधानसभा चुनाव में भाजपा जीत हांसिल करी.

अरुण जेटली अमेरिका में कहलें कि दुनिया के सगरो देश आज भारत के प्रसंशा कर रहल बाड़ें काहे से कि भारत ढांचागत सुधार कर रहल बा.

जेटली के अनुसार सरकार साहसिक कदम उठा रहल बिया जेकरा कारण देश में आर्थिक स्थिति सुधर रहल बा.