new_delhi_city_mapदिल्ली एनसीआर समेता उत्तर भारत के कु्छ राज्यन मे भूकंप के झटका महसूस कईल गईल बा| ताजा मिल रहल ख़बरन के अनुसार रिक्टर पैमाना पर भूकंप के तीव्रता ५.५ से ६ के बीच मे रहल|

बिहार,बंगाल,ओडिशा आ झारखंड के कई भागन मे भूकंप के झटका महसूस कईल गईला के ख़बर मिल रहल बा| हालाकि अबले मिलल जानकारी के अनुसार भूकंप से जान आ माल के कवनो भी प्रकार के हानि नईखे भईल|

बिहार मे भी भूकंप

बिहार के राजधानी पटना मे भी भूकंप के झटका महसूस कईल गईल, हालाकि उपरी मंजिल मे रहे वाला लोग एकरा के ढेर महसूस कईलन|

मौसम कार्यलय के अनुसार भूकंप के झटका महसूस कईल गईल बा|