राम रहीम दोषी करार,हिंसा में 30 मौत,1000 उपद्रवी हिरासत में

| द भोजपुरिया टीम, भोजपुरी खोज.काँम के खातिर

डेरा सच्चा सौदा के प्रमुख गुरु राम रहीम रेप के आरोप में दोषी करार दिहल गइल बाड़ें. सीबीआई के विशेष अदालत 28 अगस्त के सजा सुनाई.

LIVE UPDATES

  • अब तक 250 लोग घायल, 30 के मौत, 1000 उपद्रवी गिरफ्तार
  • नोएडा,ग्रेटर नोएडा,गाजियाबाद,हापुड़,शामली,बागपत,फिरोजाबाद में धारा 144 लागू
  • मामला सम्हारे में खट्टर सरकार फेल, मीडिया पर भी हमला

कोर्ट के फैसला अइला के बाद गुरु राम रहीम के समर्थक जगह जगह उपद्रव कर रहल बाड़ें. ख़बर के अनुसार अब तक भइल हिंसा आ आगजनी में 30 लोगन के मौत हो चुकल बा जबकि 250 लोग घायल भइल बाड़ें.

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार 1000 डेरा समर्थक हिरासत में लिहल गइल बाड़ें.

समाचार चैनल एनडीटीवी,आजतक सहित कई मीडिया ओबी वैन पर हमला आ गाड़ी के जरवाला के भी ख़बर आ रहल बा.

सौ. एनडीटीवी

दिल्ली के आनंद विहार रेलवे स्टेशन पर रीवा एक्सप्रेस के दूगो डिब्बा में आगजनी आ गाजियाबाद के लोनी में एगो बस के आग के हवाले कर दिहला के भी समाचार मिल रहल बा.

हरियाणा के सीएम मनोहर लाल खट्टर लोगन से शांति व्यवस्था बनावे के अपील कर चुकल बाड़ें. प्रधानमंत्री आ राष्ट्रपति भी लोगन से शांति व्यवस्था बनावे के अनुरोध कर चुकल बाड़ें.

भोजपुरी खोज.काँम को फेसबुक पर लाइक करें अथवा ट्विटर पर फाँलो करें. अगर आपको यह न्यूज़ पसंद आया तो हमारी सेवाओं को बेहतर बनाने के लिए आप हम viaon@upi (Pay throw UPI BHIM) डोनेशन (दान) दे सकते हैं.

अगर आप एंड्रायड यूजर हैं तो आप हमारे आधिकारिक न्यूज़ एप को गूगल प्ले स्टोर से डाऊनलोड कर सकते हैं