पंचकुला के स्पेशल सीबीआई कोर्ट डेरा सच्चा सौदा के प्रमुख गुरमीत राम रहीम के रेप केस मे दोषी करार दे दिहले बा. साल 2002 मे एह रेप केस के जानकारी पत्रकार रामचन्द्र छत्रपति पहिला बार दुनिया के सामने ले अईलें.

रामचन्द्र छत्रपति सिरसा के सांध्य दैनिक समाचार पत्र ‘पूरा सच’ के संपादक रहलें. ख़बर छपला के कुछ ही महिना बाद छत्रपति के गोली मार के हत्या कर दिहल गईल.

‘पूरा सच’ में छपल रहे रेप के ख़बर
'पूरा सच' में छपल रहे रेप के ख़बर
‘पूरा सच’ में छपल रहे रेप के ख़बर

राम रहीम पर फैसला अईला के बाद पत्रकार के ख़ातिर भी न्याय के मांग शोशल मीडिया पर उठ रहल बा.