बिहार मे बाढ प्रभावित लोगन के मदद करे ला भोजपुरी के सुपर स्टार अभिनेत्री पाखी हेगडे बिहार पहुंचली. पाखी अपना साथे राहत सामाग्री भी ले गईल रहली.

लोगन से मिल के आ बाढ के रौद्र रूप देख के पाखी हेगडे बहुत दिखी नज़र अईली. पाखी हेगडे बिहार के मुज़फ़्फ़रपुर के बन्दरा, गायघाट,बोचहा,ब्लॉक अंतर्गत बड़गाँव,सिमरा,आठर, आ गुरमी मे पहुंच लोगन के राहत सामाग्री दिहली.

पाखी बाहर रहे वाला लोगन से अपील कईली कि आपन जवन कुछ भी योगदान हो सके मुख्यमंत्री राहत कोष में दिहल जाव आ बिहार में आईल भयंकर बाढ से उबरे में बिहार के साथे खड़ा होखल जाव.

बिहार में आईल बाढ के कारण लोगन के जनजीवन खराब हो गईल बा. फिल्म कलाकारन अ नेता लोगन से भी बचाव कार्य में मदद के गुहार पाखी लगईली.

भोजपुरी खोज.काँम के स्थानीय लोगन से मिलल जानकारी के अनुसार पाखी हेगड़े बाढ में बचाव कार्य में जुटल एनडीआरएफ के भी प्रसंसा कईली.