जम्मू कश्मीर में बाढ से हाल अभी भी बेहाल बा. हालाकि सुकुन के बात इ बा कि बुनी अब थम गईल बा लेकिन जन्नत में अभी भी लाखो जिंदगी दाव पर लागल बा. लोग प्रशासन से मदद के उम्मीद कर रहल बाड़ें.

अब तक प्रदेश मे लागल एजेंसी जैसे सेना, एनडीआरएअफ आदी मिल के लाखो लोगन के सुरक्षित जगह पर पहुचां चुकल बाड़ें. लेकिन अभी भी कु्छ इलाकन मे अईसन लोग बाड़ें जवन कि मदद के इंतजार कर रहल बाड़ें.

श्रीनगर में बीएसएफ अपनी राशन से लोगन के खाना खिला रहल बा. जबकी सरकार की तरफ से खाना आ पानी के खेप पहुचला के लोगन के इंताजार बा. अईसन नईखे कि हर जगह इहे हालत बा बल्कि कई जगह सरकार लोगन के काफी मदद भी कईले बिया.

ख़बर बा कि जम्मू कश्मीर में बाढ के पानी धीरे-धीरे कम हो रहल बा लेकिन पानी पुरा तरह से कम होखला में अभी ढेर दिन लग सकेला.