2014_9$largeimg219_Sep_2014_134121070महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव मे अब महज एक महिना से भी कम के समय रही गईल बा लेकिन सीट बटवारा के लेके अबहियो भाजपा आ शिवसेना के बीच मामला सुलझ नईखे पावल.

लेकिन शिवसेना झुके ला तैयार नईखे आ महाराष्ट्र मे दुनो के गठबंधन मे दरार पड़ गईल बा. अब दुनो पार्टी के आपसी समझ ही एह गठबंधन के बचा सकेले.

गठबंधन के नईया पार लगावे के लेके भाजपा के कोर कमेटी के बईठक चल रहल बा. आ आज फैसला हो सकेला कि भविष्य मे शिवसेना के साथ भाजपा के गठबंधन रही या ना रही.

भाजपा के उपचुनाव मे मिलल हार के कारण शिवसेना अब हावी हो रहल बिया. भाजपा जहां बराबर-बराबर सीट के फार्मूला अपना रहल बिया ओहिजा शिवसेना एकरा ला कतहीं से भी तईयार नईखे.

सबसे बड़ जवन मामला बा उ बाटे मुख्यमंत्री पद के कोटा के लेके. शिवसेना हर हाल मे मुख्यमंत्री पद अपना ला रखल चाहत बिया जबकी भाजपा जीत के आवे वाली बढ पार्टी से मुख्यमंत्री पद के चाह रख रहल बिया.