2014114021अलकायदा द्वारा जहां एशिया मे अपना नया ब्रांच खोलला के घोषणा कईल गईल आ मुसलमानन से ओकरा से जुड़ला के अपील कईल गईल. लेकिन एगो समाचार चैनल के दिहल गईल इंटरव्यू मे पीएम नरेन्द्र मोदी कहलन की भारतीय मुसलमान अलकायदा के इशारे पर ना नचीहें.

देश के मुसलमान देश के खातिर जियेलन आ देश के खातिर ही मरिहें. देश के मुसलमान कबो भी भारत के बुरा ना चाहेलन.

नरेन्द्र मोदी कहलन कि अगर अलकायदा के बुझात बा कि देश के मुसलमानन के भड़का के या फिर और कवनो तरीका से अपना पक्ष मे कर लेई त ई अलकायदा के गलतफहमी बा.

नरेन्द्र मोदी समाचार चैनल के दिहल गईल एक्सक्लूसीव इंटरव्यू मे आपन बात रखलन.