jivi_jsp_20मोबाईल फोन बनावे वाली कंपनी  ‘जीवी’ भारत मे सबसे सस्ता एंड्रायड स्मार्ट फोन लांच कईले बिया. फोन के किमत मात्र १९९९ रूपया रखल गईल बा. फिलहाल जिवी एह फोन के आँनलाइन शाँपिंग पोर्टल अमेजन के माध्यम से बेची.

फोन के डिसप्ले जहां 3.5″  इंच के रखल गईल ओहिजा इ फोन ड्यूल सिम कार्ड के सपोर्ट करी. जहां तक बुकिंग के सवाल बा त २७ सितंबर से फोन के बुकिंग करावल जा सकेला.

जिवी मोबाइल कंपनी के सीईओ पंकज आनंद के अनुसार फोन के सस्ता होखला के वजह से एकरा कार्यप्रणाली पर सवाल ना उठावल जा सकेला. भारत के डिजिटल बनावे ला इ सस्ता एंड्रायड फोन बजार में लांच कईल गईल बा.

काहें खरीदल जा सकेला

2 गो सिम वाला फोन 1 गीगाहर्ट्ज प्रोसेसर के साथ एंड्रायड के जिंजरब्रेड ओएस पर चले वाला बा. फोन में 128 एमबी के रैम के साथ 256 एमबी के मेमोरी दिहल जा रहल बा. लेकिन घबराए के बात नईखे काहें से की कार्ड के जरीए फोन के मेमोरी 32 जीबी तक बढावल जा सकेला.

फोन मे जहां 2 मेगा पिक्सल के कैमरा के प्रयोग कईल गईल बा ओहिजा 1350 एमएच के बैटरी भी दिहल गईल बा.

Untitled

Spec:

  • 3.5 Inch OGS Capacity Screen
  • Dual Seam
  • 1 GHZ Possessor
  • Andriod Os (2.3.5)
  • 128 Mega Bytes Ram
  • 256 Mega Bytes Internal Memory
  • 2 Mega pixel Camera with flash
  • 1350 mAh battery

Buy this phone on Amazon , and booking is started 27 September 2014.

Official Website of Jivi mobile is www.jivi.in