1310kejriwal3यह समाचार पिछले महिने छापा जा चुका है.

दिल्ली मे आम आदमी पार्टी द्वारा सरकार गठन के लेके करावल जा रहल मत सर्वे के आज अन्तीम दिन ह.’आप’ के संयोजक अरविंद केजरीवाल आज कहलें कि दिल्ली मे ‘आप’ के सरकार बनवला या ना बनवला के जवन कोहरा घेराईल बा उ दूर हो जाई.

हालाकी अब तक ‘आप’ के मिलल राय मे से ७५ फिसदी से ज्यादा लोग चाहत बाड़ें कि आम आदमी पार्टी कांग्रेस की सहायता से सरकार बनावे आ जवन वादा जनता केजरीवाल एंड टीम कईले बिया ओकरा के निभावे.

हालकी पार्टी के नेता कह रहल बाडें कि चाहे दिल्ली के जनता भलही सरकार बनवला के आदेश दे चुकल बिया लेकिन सगरो कार्यक्रम एगो तय चक्र के अनुसार चली.

अगर दिल्ली मे ‘आप’ के सरकार बनई त ओकर मुखिया के बन सकेला, एह पर केजरीवल कहले कि मुख्यमंत्री के फैसला पार्टी विधायक करिहें.