2013075400दिल्ली के ‘आम आदमी पार्टी’ के संयोजक आ दिल्ली के भावी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल एक बार फिर सुरक्षा लीहला से मना कर देले बाड़ें.

केजरीवाल कहलें कि उनकरा सबसे बड़ सुरक्षा इश्वर पर भरोसा बा आ उहे उनकर रक्षा करिहें.

दिल्ली के अतिरिक्त आयुक्त (सुरक्षा) वी. रंगनाथन केजरीवाल के चिठ्ठी लिख के कहलन कि दिल्ली के मुख्यमंत्री के दिल्ली पुलिस ‘जेड श्रेणी’ के सुरक्षा प्रदान करेले.

‘आप’ दिल्ली मे सरकार बनावे जा रहल बा आ केजरीवाल दिल्ली के मुख्यमंत्री बने जा रहल बाड़ें एसे मे दिल्ली पुलिस के जिम्मेदारी बन जाता कि उ केजरीवाल के सुरक्षा पर पुरा ध्यान दे.

हालाकि खबर बा कि दिल्ली पुलिस के जवाब देत केजरीवाल कहलें कि उनके कवनो भी प्रकार के सुरक्षा के जरूरत नईखे.

देश आ दुनिया के ताजा ख़बर राऊर मोबाईल पर, m.bhojpurikhoj.com पर विजीट करीं.