2013103617

मुजफ्फरनगर दंगा के काफी समय बीत गईल बा लेकिन एह पर राजनीति अब गरमा रहल बा.

लोकसभा चुनाव से ठीक पहिले राहुल गांधी के मुजफ्फर नगर दौरा आ ओह पर मुलायम के नराजगी साफ जता रहल बाड़ें कि अब राजनीति के रोटी सेके खातीर राजनीतिक लोग मुजफ्फरनगर दंगा के पीड़ितन के याद कर रहल बाड़ें.

राहुल गांधी दंगा पीड़ितन से मिलले आ कैंप मे भईल इंतजामन से खुश ना लऊकलें.

राहुल गांधी के दौरा सपा के मुखिया मुलायम सिंह के नीक ना लागल आ उ एह पर नराजगी जतवलें आ कहलें कि राहत कैंपन मे भाजपा आ कांग्रेस के षडयंत्रकारी रह रहल बाड़ें.

मुलायम कांग्रेस आ भाजपा पर दंगा पीड़ितन के भड़्कवला के आरोप लगवले आ कहलें कि इ लोग चुनावी फायदा खातीर दंगा पीड़ितन के इस्तेमाल कर रहल बाड़ें.

मोबाइल पर ताजा खबर, फोटो, वीडियो आ लाइव स्कोर देखे खातीर m.bhojpurikhoj.com पर जाएं.