India Delhi Governmentदिल्ली के मुख्यमंत्री लोकसभा अरविंद केजरीवाल चुनाव ना लड़ीहें. लेकिन उनकर पार्टी ‘आम आदमी पार्टी’ देश के अधिकतर सीटन पर चुनाव लड़ी|

‘आप’ की तरफ से पहिली सुची १० से १५ दिन मे जारी होई, लेकिन ‘आप’ के इ कदम से भाजपा आ कांग्रेस के वोट बैंक मे सेंध लागल पक्का हो गईल बा.

केजरीवाल की ‘आप’ के असर ग्रामीण इलाकन मे कम ्लेकिन शहरी इलाकन मे बहुत कुछ कहानी बदल सकेला.‘आप’ के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बईठकी के समाप्ती के बाद आप नेता भूषण कहलें कि ‘आप’ देश के ज्यादातर सीटन पर चुनाव लड़ी.

हालाकिं अगर अरविंद केजरीवाल ‘आप’ की तरफ से पीएम उम्मीदवार बनतें त आम आदमी पार्टी के ज्यादा फायदा होईत. लेकिन केजरीवाल साफ कर देले बाड़ें कि उ लोकसभा चुनाव ना लड़ीहें.

Sourec : Loksabha Election Spacel