downloadबुझात बा कि आम आदमी पार्टी अगीलका लोकसभा चुनाव ला आपन कमर कस लेले बिया. पार्टी के अनुसार ‘आप’ देश भर मे सदस्यता अभियान ‘मै हूं आम आदमी’ चलाई.

दू दिन तक राष्ट्रीय कार्यकारणी के बईठकी मे बहुत कुछ साफ हो गईल बा. पार्टी देश के लोकसभा चुनाव मे आपन प्रत्याशी उतारी.

आम आदमी पार्टी के नेता योगेन्द्र यादव मीडिया के बतवलें कि पार्टी १० जनवरी से देश भर मे एगो सदस्यता अभियान चलाई , जेकरा के ‘मै हूं आम आदमी’ नाम दिहल गईल बा|

गोपाल राय के नेतृत्व मे इ अभियान २६ जनवरी तक चली आ पार्टी की तरफ से एकरा ला कवनो भी प्रकार के फ़िस ना असुलाई.

एकरा अलावा एगो चुनाव संयोजक कमेटी बनी जेकर सदस्य योगेंद्र यादव, संजय सिंह और पंकज गुप्ता होईहें. ओहिजा पार्टी के नेता योगेन्द्र यादव के अनुसार 15 जनवरी तक आवे वाली अर्जी के प्राथमिकता मिली लेकिन अर्जी ओकरी बादो तक ले स्विकार होई.