images (1)पहिले अन्ना आ केजरीवाल आंदोलन के प्रमुख सहयोगी किरन बेदी ‘आप’ के बजाय ‘मोदी’ के वोट दिहला के पक्ष मे खुल के सामने आ गईल बाड़ी|

किरन बेदी के द्वारा कईल गईल एगो ट्विट मे बेदी भाजपा के पीएम पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के देश के सबसे निमन आ स्थिर सरकार देबे वाला बतावल गईल बा|

बेदी के ट्विट के अनुसार अगर केहू देश मे भ्रष्टाचार मुक्त माहौल चाहत बा त ओके कांग्रेस के वोट ना देबे के चाही काहें से कि भारत के मोदी जईसन अनुभवी हाथन के जरूरत बा|गौरतलब बा कि एसे पहिले बेदी पिछला साल अक्टूबर मे अहमदाबाद मे भाषण देत मोदी के समर्थन के बात कहले रहली|

किरन बेदी मांग कईली की भ्रष्टाचार निरोधक हेल्पलाइन जारी करे वाली दिल्ली विधानसभा के पूर्व मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के ‘दोषारोपित’ करे वाली रिपोर्ट पर भी ध्यान देबे के चाहीं|