Sunanda-Pushkar-45केन्द्रीय मानव संसाधन राज्य मंत्री शशि थरूर की पत्नी सुनंदा पुष्कर के पोस्टमार्टम एम्स मे चल रहल बा|उनकरी शव के देर रात दिल्ली के लीला होटल से एम्स से लियावल गईल रहे|

मौत के का वजह बा एकर खुलासा पोस्टमार्डम होईला के बाद ही हो पाई|गौरतलब बा कि सुनंदा पुष्कर के शव रहस्यमयी हालत मे शुक के लीला होटल मे मिलल रहे|

हालांकि शशि थरूर पत्नि के मौत से सदमे मे बाड़ें आ उनकरी सीने मे दर्द के शिकायत के बाद उनकरा के एम्स मे भर्ती करावल गईल बा|

ताजा मिलल खबर के अनुसार शशि थरूर के सुबेरे १० बजे अस्पताल से डिस्चार्ज कर दिहल गईल बा|एह सिलसिले मे शशि थरूर और होटल के कर्मचारियन से भी पुलिस पुछताछ कर रहल बिया|