modi_president-letter१२ साल से गुजरात के मुख्यंत्री नरेन्द्र मोदी आज आपन इस्तीफा राज्यपाल कमला बेनीवाल के साम ३ बजे के बाद सौप दिहें| ताजा मिल रहल ख़बरन के अनुसार मोदी इस्तीफा दिहला से पहिले विधानसभा के विशेष सत्र मे भाग लिहें.

मोदी विधायक दल के बईठकी मे भी भाग लिहें जहां गुजरात के नया मुख्यमंत्री के चुनाव कईल जाई. सूत्रन के मुताबिक आनंदी बेन पटेल के नाम सीएम पद की रेस मे सबसे आगे चल रहल बा|

नरेन्द्र मोदी मंगर के अपनई विधानसभा क्षेत्र मणिनगर गईले जहां उनकर जोरदार स्वागत भईल, आ मोदी अपना करीबी अमित शाह के जमके तारिफ कईलें|

गुजरात के नया सीएम के सपथग्रहण समारोह २२ मई के हो सकेला जेकरा मे खुद नरेन्द्र मोदी भी मौजूद रहिहें|