111आतंकवादी संगठन अलकायदा के नज़र अब भारत पर लाग गईल बिया. भारत में आतंकवाद फईलावेला कबो दुनिया के सबसे खुखार आतंकवादी संगठन रही चुकल ‘अलकायदा’ एगो नया शाखा के जन्म देले बा.

अलकायदा के वर्तमान मुखिया अल जवाहिरी द्वारा जारी एगो वीडियो के अनुसार भारत, बंग्लादेश आ म्यांमार मे आपन जड़ जमावे ला एगो नया शाखा खोले जा रहल बा. अलकायदा फिलहाल पाकिस्तान आ अफगानिस्तान मे मौजूद बा.

समाचार चैनल ‘अल जजीर’ के अनुसार अलकायदा भारत सहित बंग्लादेश आ म्यांमार मे आपन पैर पसारे ला नया विंग के लांच कईले बा जेकर जिम्मेदारी पाकिस्तान के एगो चरमपंथी के सौपल गईल बा.

समाचार एजेंसीयन के अनुसार एह नया विंग के नाम ‘कायदात अल जिहाद’ दिहल गईल बा.

अईसन मानल जा रहल बा कि इस्लामिक स्टेट से कड़ी चुनौती के कारण अलकायदा अपना के बचावे के संघर्ष कर रहल बा.काहें से कि इस्लामिक स्टेट के नेता अबू अबू बक्र अल बगदादी खुद के खलीफा घोषित कर के निष्ठा के मांग कईले रहे.