अगर आप भी भी आपन बात हमने तक पहुंचावल चाहत बानी त ट्विटर पर #ModiLive Hastag के साथ आपन विचार पोस्ट करीं या फिर अपना मोबाईल से अपना नाम आ शहर के नाम के साथ आपन मैसेज 9616-2524-16 पर भेज दिहीं.

देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शिक्षक दिवस पर देश भर के स्कूली छात्रन के संबोधित कईलन. आज एह मौका पर ट्विटर के जरिए भोजपुरी खोज.काँम आम जनता से पुछलस कि “शिक्षक दिवस पर मोदी के लाईव संबोधन से देश के सरकारी स्कूलन के हालात केतना बदले वाला बा?”. लोग नरेन्द्र मोदी के संबोधन के कवना रूप मे देख रहल बाड़ें.

आप लोगन द्वारा एह मुद्दा पर कईल गईल कुछ चुनिंदा ट्विट्स के हमने के छाप रहल बानीं जा.

सत्यप्रकाश पांडेय @SatyaPandey99 अंग्रेजी मे ट्विट कर के एकरा के एतिहासिक बतवलन.

First time in the history of India, we have a PM who has the capacity,ability & willingness to interact with its people directly.

उधर अनिल मेघवाल @Anilmeghwal9 ट्विट कईलन कि ‘आज पीएम मोदी के लाईव संबोधन होखे या फिर आज चल रहल क्रिकेट के बात होखे लेकिन टीआरपी ट्विटर के ही ज्यादा बा.’ यानी मोदी के बारे में ट्विटर पर ज्यादा से ज्यादा ट्विट हो रहल बा और लोग एकरा बारे में बात कर रहल बाड़ें.

अगर आप भी भी आपन बात हमने तक पहुंचावल चाहत बानी त ट्विटर पर #ModiLive Hastag के साथ आपन विचार पोस्ट करीं या फिर अपना मोबाईल से अपना नाम आ शहर के नाम के साथ आपन मैसेज 9616-2524-16 पर भेज दिहीं. हमने के हर मैसेज के छापे के कोशिश कईल जाई.
– See more at: http://m.bhojpurikhoj.com/news.php?com_content=bhojpuri&storyid=2014112717#sthash.GsgrTz9q.dpuf