लागतार चार दिन से हो रहल बारिश के कारण मुंबई के जनजीवन बेहाल हो गइल बा. बारिश के जगह जगह जल भराव हो गइल बा.

लोगन के घर,सड़क,रेलवे ट्रैक पर भी घुटना भर पानी जमा हो गइल बा. जबकि आज भी बारिश के संभावना जतावल जा रहल बा.

सबसे ढेर परेशानी जल जमाव के कारण लोगन के हो रहल बा. गली गली पानी भरला से लोगन के बाहर निकलल भी दूभर हो गइल बा.

मुख्यमंत्री देवेन्द फडणवीस एह संबंध में खुद रेड एलर्ट जारी कर चुकल बाड़ें आ लोगन से घर के बाहर न निकले के सलाह दिहल गइल बा.

फिलहाल मुबंई में स्कूल कॉलेज बंद करा दिहल गइल बा जबकि एमरजेंसी सेवा से जुड़ल लोग के ही काम पर आवे के कहल गइल बा.

भारी बारिश के चलते राज्य सरकार आ केंद्र सरकार दूनो अलर्ट की स्थिति में बाड़ें जबकि पीएम मोदी आ गृह मंत्री राजनाथ सिंह प्रदेश के मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस से बात कर हर संभव मदद के बात कह चुकल बाड़ें.