मनोहर लाल खट्टर,मुख्यमंत्री,हरियाणा सरकार

डेरा सच्चा सौदा प्रमुख गुरमीत राम रहीम के दोषी करार दिहल गइला के बाद पिछला हफ्ता हरियाणा में भइल हिंसा पर चौतरफा घेराइल हरियाणा के सीएम मनोहर लाल खट्टर आज भाजपा अध्यक्ष अमित शाह से मुलाकात कइलें

ख़बर के अनुसार खट्टर अमित शाह मुलाकात में मनोहर लाल खट्टर हरियाणा के मौजूदा हालात के बारे में जानकारी दिहलें.

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार हिंसा से पहिले आ बाद में सरकार  द्वारा उठावल गइल हर कदम के जानकारी आ विस्तृत रिपोर्ट खट्टर अमित शाह के सौप दिहलें.

आप लोग के बतावत चलल जाव की हरियाणा के सीएम खट्टर पर आरोप लागत आ रहल बा कि जान बूझ के सरकार द्वारा कवनो कठोर कदम ना उठावल गइल जेकरा चलते हिंसा भड़क उठल.

विपक्ष द्वारा इस्तीफा मंगला के प्रश्न के जवाब में खट्टर कहलें कि अब हरियाणा में चहूंओर शांति बा और इस्तीफा माँगे वाला इस्तीफा मागत रहीहें.

पिछले हफ्ते भइल हिंसा में कई लोग के जान चल गइल जबकि 200 से ज्यादा लोग घायल भइलें.