फोटो एएनआई

गोरखपुर के बीआरडी कॉलेज में यह महीना कुल 290 लईकन के मौत हो चुकल बा.हालांकि बतावल जा रहल बा कि बीआरडी अस्पताल में पिछले 48 घंटे में कुल 42 लईकन के जान जा चुकल बा.

कॉलेज के प्रिंसिपल पीके सिंह एह बात के पुष्टि कइलें आ समाचार एजेंसी एएनआई से बात करत बतवलें की 7 लईकन के जान दिमागी बुखार से जबकि बाकी के जान अलग अलग कारण भ बीमारी से भइल बा.

कॉलेज के प्रिंसिपल पीके सिंह के अनुसार एह मौसम में भलहीं एतना जान चल गइल होखे लेकिन ई कवनो असामान्य बात नइखे.

पीके सिंह एजेंसी से बात करत कहलन कि अस्पताल में पहुंचे वाला लईका पहिलही से गम्भीर स्थिति में पहुंचें ले जेकरा चलते उनकरा के बचावल मुश्किल हो जाला.

गौरतलब बा कि पिछला दिने बीआरडी मेडिकल कॉलेज में 60 लईकन के मौत पर हंगामा हो गइल रहे. काहें से की आरोप लागल रहे कि सगरो मौत ऑक्सीजन के कमी से भइल.