वित्तमंत्री अरुण जेटली (फाइल फोटो)

बैंक ,बीमा कंपनी आ पब्लिक सेक्टर में उच्च पद पर काम करे वाला कर्मचारियन के सरकार झटका देबे जा रहल बिया.

बैंक भ पब्लिक सेक्टर में काम करे वाला कर्मचारियन के लईकन के अब सरकारी नौकरी भ स्कूल में एडमिशन में आरक्षण के सुविधा ना मिली.

मोदी सरकार कैबिनेट बैठक के बाद ओबीसी आरक्षण कोटा में बदलाव कइलसि. अब क्रीमी लेयर में बदलाव कर बैंक आ बीमा कंपनी भ पब्लिक सेक्टर में काम करे वाला कर्मचारियन के भी शामिल कर लिहल गइल बा.

आप लोगन के बतावत चलल जाव की क्रीमीलेयर में आवे वाला लोगन के आरक्षण ना मिलेला जबकि क्रीमीलेयर के नियम अब तक केंद्र सरकार के नौकरी तक ही सीमित रहल बा.

अरुण जेटली कहलें कि सम्पन्न लोगन के आरक्षण पा गइला के वजह से एकर असली हकदार आरक्षण से वंचित रह जालें.