बिहार में गया के बहुचर्चित रोडरेज केस में आज फैसला आ चुकल ब. गया के एडिशनल जिला आ सत्र न्यायाधीश सच्चिदानंद प्रसाद सिंह एह केस में आज रॉकी यादव के दोषी करार दिहलें. एह मामले में जेडीयू के निलंबित एमएलसी मनोरमा देवी के बेटा रॉकी यादव के आरोपी बनावल गइल बा.

रोकी पर आरोप बा कि उ 12वीं के छात्र आदित्य सचदेवा के हत्या बस एह वजह से कइलसि की आदित्य सचदेवा रॉकी के कार के ओवरटेक कर देले रहलें.

एह मामले में आदित्य के माता के कहना बा की उनकरा उम्मीद बा कि इंसाफ जरूर मिली जबकि पिता केसी सचदेवा कहलन की अदालत पर यकीन बा.

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि ई मामला पिछले साल के बा जब 7 मई के कार ओवरटेकिंग के लेके आदित्य सचदेवा के हत्या कर दिहल गइल.ओह समय सचदेवा अपना दोस्तन के साथे कार से घरे आवत रहलन.

वारदात के अंजाम दिहला के बाद रॉकी यादव फरार हो गइल रहे लेकिन पुलिस के लगातार दबिश के कारण रॉकी स्थानीय कोर्ट में सरेंडर कर देले रहल.

कोर्ट द्वारा रॉकी के 14 दिन के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल रहल लेकिन पटना हाईकोर्ट से जमानत मिल गइल.जेकरा बाद बिहार सरकार हाईकोर्ट के फैसला के सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहलसि.

सुप्रीम कोर्ट द्वारा जमानत पर रोक लगा दिहल गइल आ रॉकी के जेल भेजे के आदेश दिहल गइल.