भारत के उत्तर पूर्वी राज्य त्रिपुरा के राजधानी अगरतला में स्थानीय टीवी पत्रकार शांतनु भौमिक के अपहरण के बाद हत्या के ख़बर आ रहल बा.

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार शांतनु के अपहरण ओह समय भइल जब उ पश्चिमी त्रिपुरा में इंडिजीनस फ्रंट ऑफ त्रिपुरा (आईपीएफटी) आ सीपीएम के ट्राइबल विंग टीआरयूजीपी के बीच संघर्ष के रिपोर्टिंग करत रहलन.

पुलिस के अनुसार स्थानीय समाचार चैनल “दिनरात” के पत्रकार शांतनु भौमिक पर धारदार हथियार से हमला भइल रहल. शांतनु के अगरतला मेडिकल कॉलेज ले जाईल गइल जहां उनकरा के मृत घोषित कर दिहल गइल.

त्रिपुरा पत्रकार संघ घटना के सीबीआई जांच के मांग कइलसि.

एह घटना के सीपीएम आ बीजेपी में आरोप प्रत्यारोप के दौर शुरू हो गइल. आधिकारिक ट्विटर हैंडल से आरोप लगावल जा रहल बा.

ट्विटर