DELHIदिल्ली में जल्द ही भाजपा के सरकार बनला के संभावना जोर पकड़ रहल बिया.दिल्ली भाजपा सतिश उपाध्याय के अनुसार अगर उनकरी पार्टी के औपचारिक नेवता मिली त उ लोग दिल्ली मे जरूर सरकार बना लिहें आ संख्या बल के भाजपा जरूर पा सकी.

उधर ख़बर बा कि आम आदमी पार्टी दिल्ली में भाजपा के सरकार ना बने देबे ला कमर कस चुकल बिया. ख़बर के अनुसार आम आदमी पार्टी के एगो प्रतिनिधिमंडल आज शनिचर के राष्ट्रपति से मिल के आग्रह करी कि उ दिल्ली में भाजपा के सरकार बनावे ला नेवता ना भेजस.

उधर भोजपुरी खोज.काँम के मिलल ताजा जानकारी के अनुसार दिल्ली मे सरकार बानवे के लेके दिल्ली में केन्द्रिय गृहमंत्री राजनाथ सिंह,प्रदेश अध्यक्ष,प्रदेश प्रभारी सहित नितिन गडकरी चर्चा कईलन.

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि दिल्ली के उपराज्यपाल नजिब जंग राष्ट्रपति के पास चिठ्ठी भेजले बाड़्न कि दिल्ली में सरकार बनावे ला सबसे बढ पार्टी के नेवता भेजल जाव.

अगर दिल्ली मे बीजेपी सरकार बनावे जा रहल बिया त मुख्यमंत्री पद ला पार्टी के नेता जगदीश मुखी एह समय सबसे प्रबल दावेदार मानल जा रहल बाड़ें. लेकिन राष्ट्रपति केकरा के सरकार बनावे के नेवता दिहें एह पर चढल कोहरा शायद एक-दू दिन मे छट जाई और दिल्ली में नया सरकार बनी या फिर दिल्ली के उपर एगो और विधानसभा चुनाव के बोझ पड़ी इ त आवे वाल समय मे साफ हो जाई.

ब्यूरो रिपोर्ट, भोजपुरी खोज.काँंम