04TH_BIRLA_1709389fमंगोलपुरी इलाका मे ‘आप’ के मंत्री राखी बिड़ला पर अतवार के हमला ना भई्ल रहे बल्कि एगो लईका के गेना से उनकर कार के शीशा टूट गईल रहे|

घटना के समय मौजूद लोगन के अगर मानल जाव त लईका क्रीकेट खेलत रहलें आ उहे गेना राखी के कार के शीशा पर जाके गीर गईल आ शीशा टूट गईल|लोगन के अनुसार राखी पर हमला ना भईल रहे आ मंत्री झूठ बोल रहल बाड़ी.

हालांकि लोगन के अनुसार मंत्री से उ लोग माफी भी मांग चुकल बाड़ें|गौरतलब बा कि ‘आप’ के मंत्री राखी बिड़्ला मंगोलपुरी थाना मे रिपोर्ट दर्ज करवले बाड़ी कि साझ ६ बजे उ के आर ब्लॉक स्थित संतोषी माता मंदिर परिसर में आयोजित स्वागत समारोह में भाग लेबे गईल रहली|

समारोह के बाद उ एगो समर्थके कार मे सवार भईली लेकिन तबे कवनो वजनी चीज उनकरी कार के शीशा से आके लड़ गईल जेकरा बाद शीशा टूट गईल आ हमला करे वाला मौका से फरार हो गईलें.

राखी के अनुसार उ एह मामला के ढेर नईखी बढावल चाहत आ उ एकर जानकारी पार्टी मुख्यालय मे दिहली आ ओहिजा से उनके सुझाव मिलल की मामले के रिपोर्ट थाना मे दर्ज करा देबे के चाही.