It can all go to Hell! " He felt a slight itch up on his belly; pushed himself slowly up on his back towards the headboard so that he could lift his head better

imagesजेडीयू के विधायक शोएब इकबाल के धमकी के बाद विवाद बढत देख के कुमार विश्वास आपन पुरान बात पर माफी मांग लेले बाड़ें.

का बा पुरा मामला?

जेडीयू के विधायक शोएब इकबाल दिल्ली मे आम आदमी पार्टी के अल्टीमेटम दे देले बाड़ें कि या त आप के नेता कुमार विश्वास माफी मांगस ना त उ ‘आप’ से समर्थन वापस ले लिहें.

दरअसल ‘आप’ के नेता कुमार विश्वास आ जेडीयू विधायक शोएब इकबाल के बिच चल रहल तकरार के इ नतीजा बा कि शोएब ‘आप’ से समर्थन वापसी के धमकी दे रहल बाड़ें.

गौरतलब बा कि हाल ही मे आईल एगो वीडियो मे ‘आप’ के नेता कुमार विश्वास के मुहर्रम के लेके कुछ विवादित बयान देत देखावल गईल बा.

शोएब इकबाल के कहना बा कि इ बात कवनो भी रूप मे स्वीकार्य नईखे आ अगर विश्वास मांफी ना मगिहें त उ आप से समर्थन वापस ले लिहे|

आप लोगन के बतावत चलल जाव कि अगर शोएब ‘आप’ से समर्थन वापस ले लिहें तबो सरकार के सेहत पर कवनो फर्क ना पड़ी काहें से कि कांग्रेस के सहारे ही ‘आप’ के बहुमत मिल चुकल बा.