नवरातन स्पेशल पन्ना – पहिलका दिन

Untitled-2 copy

नवरातन के नौ दिन तक भोजपुरी खोज.काँम आप लोगन तक लेके आ रहल बा माई के नौ गो रूप के महिमा के कहानी आ गीत. आई माई के नमन कर के देश आ दुनिया के खुशहाली के कामना कईल जाव. आ माई से कहल जाव कि ‘हे माई सबका के सुखी रखीं, सबका के आगे बढे के मौका देई.’

नवरातन के शुरूआत आज से हो गईल बा. नवरातन संस्कृत के एगो शब्द हवे जेकर मतलब होला नौ गो रात. एह नौ गो रात आ दस गो दिन में देवी शक्ति के अलग-अलग रूप के पुजा कईल जाला. दसवा दिन के बुराई पर अच्छाई के जीत के रूप में भी मनावल जाला.

शक्ति के नौ रूप

  • श्री शैलपुत्री -एह शब्द के अर्थ होला पहाड़ के लईकी |
  • श्री ब्रह्मचारिणी -एह शब्द के अर्थ होला-ब्रह्मचारीणी।
  • श्री चंद्रघरा -एह शब्द के अर्थ होला-चाँद की तरह चमकने वाली।
  • श्री कूष्माडा -एह शब्द के अर्थ होला-सगरो जगत उनकरा पैर में बा।
  • श्री स्कंदमात -एह शब्द के अर्थ होला-कार्तिक स्वामी की माता।
  • श्री कात्यायनी -एह शब्द के अर्थ होला-कात्यायन आश्रम में जन्मि।
  • श्री कालरात्रि -एह शब्द के अर्थ होला-काल क्स नाश करे वाली।
  • श्री महागौरी -एह शब्द के अर्थ होला-सफेद रंग वाली माई।
  • श्री सिद्धिदात्री -एह शब्द के अर्थ होला-सर्व सिद्धि देने वाली माई।

नवरातन के पहिलका दिन

नवरातन के शुरुआती तीन दिन में माई दुर्गा के अलग-अलग रूप के पुजा कईल जाला. पहिलका दिने छोटवर लईकिन (कन्या) के पुजा कईल जाला. कई लोग कलश के भी स्थापना करेलन.

नवरातन स्पेशल जारी रही हर रोज, बस आवल करीं एह नवरातन स्पेशल पन्ना परऔर रोजे पाई माई के हर रूप के जानकारी आ पुजा के विधी. आई अब पहिला दिने माई के एगो भजन (भोजपुरी) में पढल जाव.

भजन

नवमी के पहिला दिने मन करे,माई के निहरी हों-2
माई आईल बाड़ी हमरी दुवारी, हमरी दुवारी हो-3

1-देख के मन माई के रूप मोहा जाला
मन के बुराई कुल उजीयार से बुता जाला
मन करे हाथ से पऊवा हम,माई के पखारी हों-2
माई आईल बाड़ी हमरी दुवारी, हमरी दुवारी हो-3

2-करेलन मुकेश माईं राऊरे पुजनिया
बड़ा मन मोहेलीन सातो रे बहिनिया
केतना हम मुहवां से राऊर, महिना बखानी हो-2
माई आईल बाड़ी हमरी दुवारी, हमरी दुवारी हो-3

नवमी के पहिला दिने मन करे,माई के निहरी हों-2
माई आईल बाड़ी हमरी दुवारी, हमरी दुवारी हो-3

गीत-मुकेश यादव , बोल – नवमी के पहिला दिने