दुनिया के सात अजूबा में शामिल आगरा के ताजमहल विवाद में अब एगो नया नाम जुड़ गइल बा. मेरठ के सरधना सीट से भाजपा विधायक संगीत सोम कहलें कि ताजमहल के देश के ऐतिहासिक धरोहर से बाहर निकाल दिहला के बाद कुछ लोगन के बहुत दर्द भइल.

सोम के अनुसार कुछ लोग वोट के खातिर देश के अपमान कर रहल बाड़ें आ बंदे मातरम नइखन कहल चाहत. भारत पाक मैच में भारत के हार पर मिठाई बांटे के काम करेलें.

भाजपा विधायक संगीत सोम के बयान आज सुबह से शोशल आ दिल्ली केंद्रित मीडिया में आ रहल बा.

उ कहलें कि अबतक देश के इतिहास बिगड़ रहल जेकरा भाजपा सुधार रहल बिया. एह धरती पर भगवान राम, भगवान श्रीकृष्ण, आ भगवान शिव के अवतार भइल बा ओहिजा दुर्भाग्य से बाबर आ अकबर के भी अवतार भइल बा.

सोम के अनुसार बीजेपी देश के इतिहास से अकबर,बाबर आ औरंगजेब के कलंक कथा हटावे पर काम कर रहल बिया.

औरंगजेब ,बाबर आ अकबर जेतना हो सकल ओतना अत्याचार भारत पर कइलें जइसे अयोध्या में राम मंदिर तूर के मस्जिद के निर्माण कइल गइल रहे.

अयोध्या,काशी आ मथुरा हमहन के पहिचान ह आ एकरा के केहू अइसहीं व्यर्थ ना कर सकेला.